Welcome to Yayawari Via Bhojpuri

भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग एप

yayawari via bhojpuri

सुनीं आपन पसंदीदा कहानी यायावारी वाया भोजपुरी ऐप पs

भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप पs सुनीं देस-बिदेस के प्रसिद्ध कहानी, लोक कथा, क्लासिक कहानी, प्रेम कहानी सहित यायावरी एक्सक्लूसिव कहानियन के अब आपन भाषा भोजपुरी में खाली एक क्लिक में।

Listen on the Go

सुनीं कहानी, अब अपने भाषा भोजपुरी में। कबो आ कवनो जगह से।

एक क्लिक में सुनीं आपन पसंद के कवनो कहानी, देस-दुनिया के कवनो कोना से हरदम आ आनंद उठाई देस-दुनिया के बहुचर्चित कहानियन के संगे-संगे लोककथा से लेके बच्चन के प्रेरक कहानियन के अपना भाषा के सुगंध के संगे।

yayawari via bhojpuri

हमनी के बारे में।

ईश्वर बृज फाउंडेशन के अंतर्गत संचालित “यायावरी वाया भोजपुरी” भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप हs। यायावरी वाया भोजपुरी श्रोता लोगन के विश्व के अलग-अलग भाषा के भोजपुरी में अनुदित छोट-बड़ कहानी, उपन्यास आदि के सुने खातिर मंच प्रदान करेला। देस-बिदेस के प्रसिद्ध कहानी, लोक कथा, बच्चन के कहानी, क्लासिक कहानी, प्रेम कहानी से लेके यायावरी एक्सक्लूसिव तक अलग-अलग विधा के कहानियन के सुनावे के काम यायावरी वाया भोजपुरी पs 2021 से लगातार हो रहल बा। साल 2021 में एकर एंड्रॉयड वर्जन आ साल 2022 में आईओएस वर्जन श्रोता लोगन खातिर उपलब्ध करावल गइल। यायावरी वाया भोजपुरी के कोसिस भोजपुरिया क्षेत्र के लोगन के मनोरंजन के संगे-संगे देस-दुनिया से कहानियन के माध्यम से परिचया करावे के बा। यायावरी वाया भोजपुरी परिवार के रउआ सभे के प्यार, आसिरबाद के बहुते जरूरत बा।

आपन कहानी भेजी

का रउआ आपन कहानी पब्लिश करावे के चाहत बानीं?

जदि रउआ चाहत बानी की राउर कहानी यायावरी वाया भोजपुरी पs आवे तs लिख के भेजीं आपन कहानी info@yayawariviabhojpuri.com पs। हमनी के टीम ओकरा के रिकॉर्ड कs के ऐप पs सुने खातिर उपलब्ध कराई।
Contact us

संपर्क माधयम