About us

ईश्वर बृज फाउंडेशन के अंतर्गत संचालित “यायावरी वाया भोजपुरी” भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप हs। यायावरी वाया भोजपुरी श्रोता लोगन के विश्व के अलग-अलग भाषा के भोजपुरी में अनुदित छोट-बड़ कहानी, उपन्यास आदि के सुने खातिर मंच प्रदान करेला। देस-बिदेस के प्रसिद्ध कहानी, लोक कथा, बच्चन के कहानी, क्लासिक कहानी, प्रेम कहानी से लेके यायावरी एक्सक्लूसिव तक अलग-अलग जोनर के कहानियन के सुनावे के काम यायावरी वाया भोजपुरी पs 2021 से लगातार हो रहल बा। साल 2021 में एकर एंड्रॉयड वर्जन आ साल 2022 में आईओएस वर्जन श्रोता लोगन खातिर उपलब्ध करावल गइल। यायावरी वाया भोजपुरी के कोसिस भोजपुरिया क्षेत्र के लोगन के मनोरंजन के संगे-संगे देस-दुनिया से कहानियन के माध्यम से परिचया करावे के बा। यायावरी वाया भोजपुरी परिवार के रउआ सभे के प्यार, आसिरबाद के बहुते जरूरत बा।